Posts

Showing posts from July, 2022

भूमिका

भूमिका के दूगो शब्द:-- -------------------------- सर्व भाषा ट्रस्ट काव्य श्रृंखला से त हम पहिलहीं से ही जुड़ल बानी।इ उपक्रम से अपना प्रिय पाठक लोगन के नया तरीके से अपन गांव,शहर,आधुनिकता के हर रोज बदलत आयाम के हर तौर तरीका रखे के प्रयास कइले बानी। बाकिर अइसन लागता  कि अब पूरा का पूरा परिदृश्यवे बदल गईल बा जइसे गांव, गरीब, किसान, मजदूर सब बेजान होके रहि गइल बा अउरी सगरो देवस्थानन पर केहूके का कब्जा हो गईल बा। जबकि हम त ठेठ रूप से एगो दलित किसान मजदूर के गंवई कवि हृदय वाला अदिमी बानी आ हमरा के गांव बहुत नीक लागेला। भीतरिया इ लागेला कि अबहियों,सम्भावना समाप्त नइखे भइल ।अबो देखल जाव त बड़ से बड़ चकाचौंध वाला नगर, महानगर के भी संवारे के काम हमनी के गंवई प्रतिभा से ही होत रहल बा अउरी अभियों गांवे के लोगन से शहरन के काम चल रहल बाटे।इहो बात एकदम सहिये बा कि गांव, गरीब, किसान, मजदूर ही असली तागत बा चाहे शहर, देहात चाहे पवित्र देश होखे ,सांच कहल जाय त इहे सब त देश के आत्मा हवुवन। हमार सामाजिक पृष्ठभूमि भी त पूरबी उत्तर प्रदेश के दूगो क्रान्तिकारी जिला.. गाजीपुर, बलिया अउरी ओहूमेंऊ हमार गांव भरौली