देहियां हमार पियराइल, निरमोहिया ना आइल

देहिंया हमार पियराइल, निर्मोहिया ना आइल
---------------------------------------------------------
असरा के मन अंझुराइल , निर्मोहिया ना आइल
जोहत अंखिया पथराइल,निर्मोहिया ना आइल।

मनवा के ललसा मनवे में मुरझात बा
मनवा के बतिया मनवे में रह जात बा।

देहिंया हमार पियराइल, निर्मोहिया ना आइल
सरधा हमार ना पुराइल, निर्मोहिया ना आइल।

अब हमरो उमिरिया बाटे जात ढ़रकल
                पुरकस देहिंया जात बाटे अब लरकल।

सरधा हमार ना पुराइल,निर्मोहिया ना आइल 
देहिंया हमार पियराइल,निर्मोहिया ना आइल।

               आसरा के जिनगी हमार जाने केने बहकल 
               मिले खातिर तोहरा से बाटे जियरा डहकल। 

याद में  बानी सुखाइल ,निर्मोहिया  ना आइल
मनवा हमार अकुलाइल,निर्मोहिया ना आइल।
                     ----------------- 
राम बहादुर राय 
भरौली,बलिया,उत्तर प्रदेश 
#highlight

Comments

Popular posts from this blog

माई भोजपुरी तोहके कतना बताईं

आजु नाहीं सदियन से, भारत देस महान