माई भोजपुरी तोहके कतना बताईं
माई भोजपुरी तोहके कतना बताईं!!
-------------------------------------------
माई भोजपुरी तोहके कतना बताईं
सब लोगे गइल बाटे अपने में बंटाई
भाषा भोजपुरी के करेले बस बड़ाई
जाति-धर्म में बंटि के करे खूबे लड़ाई।
माई भोजपुरी तोहके कतना बताईं
जहां देखऽ उहां एगो संघे बनल बा
पद पावे के फेरा में अपनहीं परल बा
एगो दूसरा खातिर हलाहले भरल बा।
माई भोजपुरी तोहके कतना बताईं!!
भाषा भोजपुरी के खूबे बात करेलन
बड़े-बड़े बैनर लेइके दिल्ली पहुंचेलन
पद-पुरस्कार के हरदम फेर में रहेलन
सबसे बड़का तगमा ई लेइके घुमेलन।
माई भोजपुरी तोहके कतना बताईं!!
जहां जाले जातिये के करेलन हिनाई
अपने अकेले जाति के बातो बतियाई
दूसर जाति देखते लेसे इनका बाई
बुझाले कि हवुए इहे भोजपुरिया माई।
जहां जाले मंच पर ई पहिलहीं सुनावे
दूसरा के सबसे नीचे नांव लिखवावे
सुने नाहीं अनकर अपने बात ई गावे
मंचो पर बइठे तब भेदभावे गिनावे।
माई भोजपुरी तोहके कतना बताईं!!
बढ़ता आगे केहू जदि ई जानि जाई
छोड़ि के काम अपन ओके रोकवाई
मिलला पर सोझा खूब हंसेला ठठाई
बात भोजपुरी के हिन्दिये में बतियाई।
माई भोजपुरी तोहके कतना बताईं!!
जहां होखे फायेदा दवुरते चलि जालें
पेट में पइठि के खूबे नीमनो कहालें
पाके आशीष उहंवा जात ना चिलाले
अपने जात में दूसरा के ना ले जाले।
माई भोजपुरी तोहके कतना बताईं!!
बात विचार में बहुते झोल बाटे भाई
गोल गेंग बनाके बनवले बा प्रभुताई
पद-पुरस्कार में ओकरे बाटे अगुवाई
चाहे राम बहादुर से झोरा ढोवाईं।
माई भोजपुरी तोहके कतना बताईं!!
-----------------
राम बहादुर राय
भरौली,बलिया, उत्तर प्रदेश
#highlights२०२५
#भोजपुरी
Comments
Post a Comment