भोजपुरी

हमनी के माई --भोजपुरी
------------------------------------------
हमनी के माई- त -भोजपुरी ह‌वे
एकरा मान रखल भी जरुरी हवे।

एकरा से हमनी के पहचान बा
ओही पहचान पर सब उतान बा।

जे माई के साफ सुथरा रखले बा
उ मिलियन भीऊ के मोहताज बा।

ओकरा समाज ना खूब पहचान बा
लेकिन उ माई भोजपुरी के शान बा।

अजब गजब जमाना लउकत बाटे
भोजपुरी के टंगियो अब टूटत बाटे।

जे जेतना फूहर गावत बाटे मंच पर
ओकरा ओतने नाम बा महफ़िल में।

मिलियन भीऊ खातिर फूहर गावताड़े
खूबे पईसा अउरी नामवो पावत बाड़न।

जेतने उनकर जोर चलतबा माई पर
उहे ओतने गरिया के स्टार बनताड़न।

अब भिखारी ठाकुर, महेंद्र मिसिर जी
का सोचत होईहें एकनी के बारे में।

भरत शर्मा,शारदा सिन्हा, गोपाल राय
मदन राय इहो लोग त गावते बाड़नजा।

असली भोजपुरिया स्टार त इहे सब ह
जे पईसा खाती फूहर पातर ना गवलें।

केहू भोजपुरी के आपन थाती बतावेला
केहू सिनेमा में अश्लील गाना गावतबा।

का जमाना आईल ए भईया अब ........
ए लोग के "अकेला" भी ना सुन पावेला।

जेकरा अंचरा में बईठि के छांह पावेलन
ओकरे अंचरा के तार तार करत जातड़न।

हमहूं एगो भोजपुरिया जवान हंई माईके
अबो से ए बाबू इज्जत बचालिंजा माईके।
                 -------------------
रचना स्वरचित, मौलिक एवं अप्रकाशित
@सर्वाधिकार सुरक्षित।
राम बहादुर राय "अकेला"
भरौली,नरहीं,बलिया,उत्तरप्रदेश

Comments

Popular posts from this blog

देहियां हमार पियराइल, निरमोहिया ना आइल

माई भोजपुरी तोहके कतना बताईं

आजु नाहीं सदियन से, भारत देस महान