पुरानी पेंशन अब बहाल करो

अभी त घर में छुपल हवुवा
वेतन पर सुतल हवुवा।

जब तूहूंवू रिटायर हो जईबा
सोचा हजार रूपया पईबा।

जाति-धर्म पार्टी का करी.....
जब बुढापा में ठोकर खईबा।

अबहीं भी धियान तूहूंवू द
ना त हाथ मलत रहि जईबा।

जवन पार्टी पुरानी पेंशन दीही
ओकरे के तूहूंवू जितईहा....

नयी पेंशन त पूरहर घोटाला ह
शेयर/जुआ ना समझि पईबा ‌।

सब भाई-बहिन आवा बन्धु संगे
पुरानी पेंशन फिर पा जईबा.....

अकेला चना भांड़ ना फोर सकै
वोट से चोट आपन देखाई दा।
                ---------
राम बहादुर राय "अकेला"
भरौली, नरहीं, बलिया, उत्तरप्रदेश

Comments

Popular posts from this blog

माई भोजपुरी तोहके कतना बताईं

आजु नाहीं सदियन से, भारत देस महान

तूं रहिहऽ सावधान , बाड़ऽ नखलिस्तान