का कइलू ए बदरी!!!

ए बदरी का कइलू!!
-----------------------
का कइलू ए बदरी
तूंहूंवू का कइलू!

बरिसे के रहे कहंवा
कहंवा बरिस गइलू!

का कइलू ए बदरी
तुहवूं का कइलू!

केनियो पानी पानी
कहीं सुखार कइलू

का कइलू ए बदरी
तूंहूंवू ई का कइलू!

केहू के तूं डूबवलू
केहू के जारि दिहलू

का कइलू ए बदरी
तूंहूंवू ई का कइलू!

कहीं फसले बहवलू
कहीं धूरे उड़ववलू

का कइलू ए बदरी
तूंहूंवू का कइलू!

तूहूं बड़े के चिन्हलू
गरीबवो के भूलइलू

का कइलू ए बदरी
तूंहूंवू ई का कइलू!

तोहरे सब केहू हवे
काहें भेदभाव कइलू

का कइलू ए बदरी
तूंहूंवू ई का कइलू!

जवन भइल त भइल
तूहूं अइसन ना रहलू

का कइलू ए बदरी
तूंहूंवू ई का कइलू!

किसान खुश हो जइहें
अबो ले बरिस गइलू

का कइलू ए बदरी
अबो त बरिस जइतू!
----------
रचना स्वरचित अउरी मौलिक
@सर्वाधिकार सुरक्षित।।
राम बहादुर राय
भरौली,बलिया,उत्तरप्रदेश

Comments

Popular posts from this blog

हो साली जब साथ में,मन पुलकित हो जाय!

बनल कवि भोजपुरी के,नइखे जी आसान!

भोजपुरी के बराबरी भाषा दूसर करी ना