भोजपुरी के बने लगलन विधाता
भोजपुरी के बने लगलन विधाता
------------------------------------------
जे भोजपुरी से आगे बढि जाता हो
भोजपुरिये के विधाता बनि जाता!
भोजपुरिये से जियता आ खाता हो
बंगला गाड़ी के मालिक बन जाता!
सोना के सिकरियो रोजे गढ़ाता हो
भोजपुरी उनके से जानल जाता!
नव गायकन के साफ करे पता हो
उहे भोजपुरी के धरोहर कहाता!
फूहर गाना से वायरल हो जाता हो
यू टयूब पर साक्षात्कार दियाता!
कवि,गीतकार से बड़ समझता हो
उहो संस्कार के बात बघारता!
पइसा खूबे भोजपुरी से कमाता हो
कहे भोजपुरी के उहे बढ़ावता!
भोजपुरी के मान्यता ना दियता हो
भोजपुरी के ही भंजावल जाता!
धरोहर भोजपुरी मेटावल जाता हो
भोजपुरी बदनाम कइल जाता!
जे केहू नीक लिखत गावत बाटे हो
ओकरे के इहां दबावल जाता!
अइसन लोग के देखेलेन विधाता हो
भोजपुरी से कइसन तोहरे नाता!
भोजपुरी से इनके जानल जाता हो
बनताड़ें भोजपुरिये के करमदाता!
भाषा भोजपुरी सबकर महतारी हो
महतरियो के मालिक बनल जाता!
--------------------
रचना स्वरचित अउर मौलिक
@सर्वाधिकार सुरक्षित
राम बहादुर राय
भरौली,बलिया,उत्तर प्रदेश
Comments
Post a Comment