कुछ तुहंई देखावऽ

कुछ तुहंई देखावऽ
------------------------
कुछ करहीं के बा तऽ
कइके देखावऽ
बहुत नीमन बाड़ऽ त
आदत सुधारऽ
बनल, बोलल छोड़ऽ
सबके अपनावऽ
बहुत ज्ञानी बाड़ऽ त
दूसरो के सिखावऽ
सबकेहू आपने हवुए
जनि बिलगावऽ
अदिमी के जात हवऽ
अदिमिये रहऽ
अगर कर सकल तऽ
ज्ञान फइलावऽ
सबकर खून लाले बा
जनि अंझुरावऽ
वाद-विवाद हो जावऽ
ओके संझुरावऽ
सबकर राहि एके बाऽ 
जनि भटकावऽ 
जिनिगी के का भरोसा
प्यार बरसावऽ 
केहू कुछवू कहत रहे 
तूंहई निभावऽ
         ------
रचना स्वरचित अउरी मौलिक 
@सर्वाधिकार सुरक्षित। ।
राम बहादुर राय 
भरौली,बलिया,उत्तर प्रदेश

Comments

Popular posts from this blog

भोजपुरी के बराबरी भाषा दूसर करी ना

हो साली जब साथ में,मन पुलकित हो जाय!

युग जमाना कहां गइल,नइखे अब उ बात!