जय भोजपुरी-जय भोजपुरांचल

राम बहादुर राय ( भरौली,बलिया, उत्तरप्रदेश):-सबसे पहिले दशहरा के बहुत बहुत बधाई अउरी शुभकामना बा अउरी विनती बा....
एगो हमार निहोरा बा भोजपुरिया समाज से : भोजपुरी के आठवीं अनुसूची में होखे के चाहीं।।

जय भोजपुरी जय भोजपुरिया समाज!!!
------------------
हम कहतनी भोजपुरिया समाज से
होखो एगो बईठक अब गांवे -गिरावें।

आ भर भोजपुरियन भाई बहिनी के
नेवतल जाव आवे खातिन सबहर ।

कारन रहल ई कि भाईलोगन सोचीं
छोटके के मणिपुरी भाषा आ डोगरी

आठवीं अनुसूची में शामिल हउवे
तब सबसे ढेर लोग काहे रही कगरी।

आ अब ठीक से लड़ाई होखे चाहीं
तबे भोजपुरी के बात होखी सगरी।

चलल जाव गांव-गांव मिले खातिर
आ घरे-घरे केहूतरे हमनी के अबरी।

भोजपुरी के  शामिल करवावल जाव
आठवीं  अनुसूची में हमनीके जबरी।

आ ना चेतनी  जा हमनी के अबरी त
टुकुर टुकुर तकबै  बइठि के एकगरी।

अपन माटी, थाती भाषा जब ना रही 
धकियावल जइब जा अकेला सगरी।

               ------------------
रचना स्वरचित,मौलिक अउरी अप्रकाशित
@सर्वाधिकार सुरक्षित।।
राम बहादुर राय
भरौली नरहीं बलिया उत्तरप्रदेश

Comments

Popular posts from this blog

देहियां हमार पियराइल, निरमोहिया ना आइल

माई भोजपुरी तोहके कतना बताईं

आजु नाहीं सदियन से, भारत देस महान