जय भोजपुरी-जय भोजपुरांचल

राम बहादुर राय ( भरौली,बलिया, उत्तरप्रदेश):-सबसे पहिले दशहरा के बहुत बहुत बधाई अउरी शुभकामना बा अउरी विनती बा....
एगो हमार निहोरा बा भोजपुरिया समाज से : भोजपुरी के आठवीं अनुसूची में होखे के चाहीं।।

जय भोजपुरी जय भोजपुरिया समाज!!!
------------------
हम कहतनी भोजपुरिया समाज से
होखो एगो बईठक अब गांवे -गिरावें।

आ भर भोजपुरियन भाई बहिनी के
नेवतल जाव आवे खातिन सबहर ।

कारन रहल ई कि भाईलोगन सोचीं
छोटके के मणिपुरी भाषा आ डोगरी

आठवीं अनुसूची में शामिल हउवे
तब सबसे ढेर लोग काहे रही कगरी।

आ अब ठीक से लड़ाई होखे चाहीं
तबे भोजपुरी के बात होखी सगरी।

चलल जाव गांव-गांव मिले खातिर
आ घरे-घरे केहूतरे हमनी के अबरी।

भोजपुरी के  शामिल करवावल जाव
आठवीं  अनुसूची में हमनीके जबरी।

आ ना चेतनी  जा हमनी के अबरी त
टुकुर टुकुर तकबै  बइठि के एकगरी।

अपन माटी, थाती भाषा जब ना रही 
धकियावल जइब जा अकेला सगरी।

               ------------------
रचना स्वरचित,मौलिक अउरी अप्रकाशित
@सर्वाधिकार सुरक्षित।।
राम बहादुर राय
भरौली नरहीं बलिया उत्तरप्रदेश

Comments

Popular posts from this blog

माई भोजपुरी तोहके कतना बताईं

आजु नाहीं सदियन से, भारत देस महान

तूं रहिहऽ सावधान , बाड़ऽ नखलिस्तान