श्री राम अइसन केहू भइबे ना कइल
श्री राम अइसन केहू भइले ना कइल
---------------------------------------------
बहुत घूमनी बहुत घूमियो के देखनी
श्रीराम अइसन केहू मिलबे ना कइल।
प्रभु राम के सोचि के लिखहूं बइठनीं
का बताईं कुछवू लिखइबे ना कइल।
सोचत-सोचत हम सोचते रहि गइनीं
राम के नाम कबो भूलइबे ना कइल।
सुघराई के रावुर का का हम बखानी
रवुंआ के जे देखल,देखते रहि गइल।
बहुत देवी-देवता के गोहरवले बानी
राम के आगे केहू सोहइबे ना कइल।
हम लिखत-लिखत ना लिखि पवनी
कलमो भी देखिके देखते रहि गइल।
रवुंआ त दुष्ट रावनो के तारि दिहनी
राम से रणहद केहू रहबे ना कइल।
प्रेम सांच होखे राम जी कृपा कइनी
राम से कृपालु केहू भइबे ना कइल।
नेह-छोह अइसन श्रीराम से लगवनी
नेह-छोह, विछोह जनइबे ना कइल।
-----------------
रचना स्वरचित,मौलिक
@सर्वाधिकार सुरक्षित। ।
राम बहादुर राय
भरौली,बलिया,उत्तर प्रदेश
@followers
Comments
Post a Comment