बइठल सोचेली चिरइया
बइठल सोचेली चिरइया
------------------------------
बोलेली चिरइया
कइसे बनइबो खोंतवा
आसरा के सूखल सरेहिया
सगरो लउके उजास
उजड़ल दूबिया के झोंझवा
मोथवा के टूटल सनेहिया
टुकुर-टुकुर ताकेली
निरखेली खेत-खरिहान
एहिजुगो आइल सहरिया
बबूरा पर बइठल
सोच में बइठल चिरइया
लउकेला सगरो अन्हरिया
उजड़त बा बगइचा
खेतो में भइल बा अगोर
चारा चुगब कवने ओरिया
हमरो बइठता जियरा
मनवा भइल जाता थोर
सेइब केकर हम दुवरिया
---------------
रचना स्वरचित,मौलिक
राम बहादुर राय
भरैली,बलिया,उत्तर प्रदेश
@followers
Comments
Post a Comment