अपने दुश्मन बरियार हो गइल
आपने दुश्मन बरियार हो गइल!!!
-----------------------------------------
चलऽ उठऽ अब बिहान हो गइल
जे आपन रहल उ आन हो गइल।
बूझलऽ मुर्गा बोली त बिहान होई
सूतले रह गइलऽ हो गइल बिहान।
नेकिये करे में जिनिगी बीत गइल
सूद त सूद सब मूरवो चलि गइल।
सबकर काम तूं बनवलहीं बाड़ऽ
जे भी कुछो मांगल दिहले बाड़ऽ।
ढ़ेर नीमनो भइल काल हो गइल
उ तोहरे खातिर सवाल हो गइल।
सुनले बानी नीक के नीके होला
नीमन कइनी बुरा हाल हो गइल।
का कहीं हमरा से नेकिये भइल
जे हमसे से मिलल गुरूवे भइल।
जब-जब हमरो काम अंझुराइल
हर गांठन में सब अपने बुझाइल।
वकत पर दुश्मने हमार हो गइल
आपने दुश्मन,बरियार हो गइल।
------------------
रचना स्वरचित,मौलिक
@सर्वाधिकार सुरक्षित। ।
राम बहादुर राय
बलिया,उत्तर प्रदेश
@followers
Comments
Post a Comment