करोड़न भोजपुरियन के आसा हवुए भासा भोजपुरी

करोड़न भोजपुरियन के आसा हवुए भासा भोजपुरी
----------------------------------------------------------------
मन पंछी बनिके उड़ रहल बा आसमान में धुंध छपले बा
सब भोजपुरियन के चिन्ता बाटे भाषा भोजपुरी कहां बा।

बहुते सुनल जाताटे कि विदेसवो में भोजपुरी बोलात बा
फिजी,मारीसस से लंदन-अमेरिका तक बोलल जात बा।

भोजपुरी सम्मेलन होता सरकार केहें बांहियो पूजात बा
मगर विश्वविद्यालयन में जाके देखीं भोजपुरी कहंवा बा।

चुनावे में भोजपुरी याद परेला पांच बरिस याद कहां बा
मंसा ठीक नइखे ना, त भोजपुरिया सांसद का कम बा।

भोजपुरिया माई के नावें से सब लोग कमातो-खात बा
तबो भोजपुरी खातिर ललीपप काहें देखावल जात बा।

कबो-कबो सुने के मिलेला भोजपुरी व्याकरण कहां बा
कहीं-कहीं इहो सवाल बा भोजपुरी के लिपि कहंवा बा।

लेकिन गलत सवाल , भोजपुरी साहित्य में सब कुछ बा
तनि सोचीं देवनागरी लिपि कई भासा खातिर काहें बा।

जब कई भासा खाती देवनागरी लिपि उनकर लिपि बा
तब कैथी रहबे कइल त देवनागरी में दिक्कत कहां बा।

करोड़न भोजपुरियन से खेलवाड़ काहें कइल जात बा
पता करि लिहीं भोजपुरी कवनो दूसरा से कम कहां बा।

एक से एक भोजपुरिया विद्वान कवि आ लेखक बाड़न
व्याकरण, उपन्यास, काव्य भोजपुरी से ढ़ेर कहंवा बा।

संविधान में जब अठारह गो से बाइस भासा हो गइल
रवुंए बताईं करोड़न भोजपुरियन से भेदभाव काहें बा।

नया भोजपुरिया बाड़न उनकर मन खूबे छटपटात बा।
मथेलवे पर बइठल बाड़न लोगन अबो बुझात कहां बा।

बहुत भइल अबो से जागीं , चुनाव में एकता जरुरी बा।
सब कुछ जब बटले बा बताईं मान्यता में देर काहें बा।
-----------------------
रचना स्वरचित अउरी मौलिक
@सर्वाधिकार सुरक्षित।।
राम बहादुर राय
बलिया,उत्तरप्रदेश
@followers

Comments