दुनिया से जीत के अपने से हारेला
दुनिया से जीत के अपने से हारेला!!!
----------------------------------------------
लउके नाहीं दरद ,जनिह उहे बुझाला
जवने ऊंचा लउके ,उहे ले जाई खाला!
आपन सब देखता ,स्वार्थ में परल बाटे
दूसरो कइल काम,अपने के कहत बाटे!
सेमर नियन टह-टह,काम नाहीं आवेला
बोलचाल में नीक,उ छांछ पर चढ़ावेला!
दूसरा के लोर पर ,अपनो लोर बरिसावे
अपने गिरत जाला, दूसरको के गिरावे!
जहां देखऽ उहां, अपने बांहिं भांजेला
दूसर आगे बढ़ल, कुछू नाहीं बोलेला!
गजबे जमाना बा , सब केहू हिते बाटे
ढ़ूका लगवले बा ,करेजवे उ काटत बा!
दुनिया से जीति के ,अपनहीं से हारेला
जेहिके बूझबऽ , अब उहे फुंफकारेला!
कुछ घाव होखेला,कहीं नाहीं लउकेला
कहियो ना पइबऽ,नासूर बनि सालेला!
----------------------
@राम बहादुर राय
भरौली,बलिया,उत्तर प्रदेश
@followers
Comments
Post a Comment