लइका-लइकी में अबो भेद होता

लइका-लइकी में अबो भेद होता
---------------------------------------
बेटा-बेटी दूनो पढ़ावल जाता
कहे खातिर एके कहलो जाता!

लइकन के दहेज अबो मंगाता
लइकिन के दहेज बढ़ले जाता!

तिलक-दहेज खूबे बढ़ल जाता
केतनो द देबऽ कम परि जाता!

दूल्हा खोजे में पनही खियाइल
बाबू जी के उमिरो घटले जाता!

लइकी नोकरी करत खोजाता
बाबू-माई अब नांवे के कहाता!

एगो बियाह में छेगाड़ बेचाइल
आगे खाति कुछ खेतो धराइल!

लइकनो में भी करजे काढ़ाता
बिगहा-बिगहा बेधड़क बेचाता!

खेतवो के प्लाटिंग कइल जाता
खेत-बेच के खूब बंगला गढ़ाता!

लइका-लइकी बराबरो कहाता
खेत बेचवा के दहेजो लियाता!

बाबू-माई अब कंहवा पूछाता
सासु-ससुर माई-बाबू कहाता!

एइसने लोगवा बड़का कहाता
कोख में बेटी के मारत जाता।

दहेज ना लियाई कहलो जाता
दहेजे खातिर जान हतल जाता।
------------------
राम बहादुर राय
भरौली,बलिया,उत्तर प्रदेश

Comments

Popular posts from this blog

हो साली जब साथ में,मन पुलकित हो जाय!

बनल कवि भोजपुरी के,नइखे जी आसान!

भोजपुरी के बराबरी भाषा दूसर करी ना