गांव बाटे छटपटात!!!

गांव बाटे छटपटात
-------------------------
पहिले गांव गांव रहल
डांड़-मेंढ़,आ धूर
रिंग रोड कहीं ना रहल
रहे भरल बस प्रेम!

नेह सींचल रहे राह
प्रीत के बरसात
सड़क मिले गांवे जात
गांव से करत बात!

गांव सिवान चहचहात
उमड़त मिले मिठास
जहां मुर्गा करे बिहान
कोयल गावे गान!

थपकी ममता के प्यार
लोरी करे दुलार
जहां मां कहाली गाय
महादेव बरध कहास!

कीच-कांच भरल दुवार
दूध-दही सब खाव
होली में गवाला फाग
उड़े अबीर गुलाल!

गांव के हाल बेहाल
सब सड़क सहर जाव
सब सहर के धइल राह
उहे भइल हुंसियार!

गांव बाटे छटपटात
गंवुओं बा कुम्हिलात 
सम्बन्ध चलेला बलात 
गंवुवा दरकल जात!
      ---------------
@राम बहादुर राय 
भरौली,बलिया,उत्तर प्रदेश 
@followers

Comments

Popular posts from this blog

देहियां हमार पियराइल, निरमोहिया ना आइल

माई भोजपुरी तोहके कतना बताईं

आजु नाहीं सदियन से, भारत देस महान