धूप में नेह से नेह लगावल करिला

धूप में धूप से नेह हम लगावल करिला
------------------------------------------------
मई क धूप में धूप से नेह लगावत रहिला
जे दुरदुरावे ओकरो के सजावल करिला।

हम त एगो किसान-मजदूर के बेटा हंई
केहू कतनो अंझुराइ,संझुरावल करिला।

दुश्मन भी होई तबो नेह लगावत रहिला
केहू के गिराईं नाहीं हम उठावल करिला।

माटी-डांटी में खेलल-कूदल हमहूं बानी
केहू से रीत-प्रीत खूबे लगावल करिला।

धूप के ताप-साप सहे के आदतो बाटे
धूप में दीप के बूते से बचावल करिला।

धूर, गरदा, धूप त हमार जनमे के साथी
शीत घाम संगे नेह से सुतावल करिला।

मई क धूप में धूप से नेह लगावत रहिला
प्रचंड धूपो के नेह से अपनावल करिला।

आदमी के जात हम आदमी में रहतानी
केहू केतलो उलझाई,सुलझावल करिला।

----------------------
राम बहादुर राय
भरौली,बलिया,उत्तर प्रदेश

Comments

Popular posts from this blog

हो साली जब साथ में,मन पुलकित हो जाय!

बनल कवि भोजपुरी के,नइखे जी आसान!

भोजपुरी के बराबरी भाषा दूसर करी ना