धूप में नेह से नेह लगावल करिला

धूप में धूप से नेह हम लगावल करिला
------------------------------------------------
मई क धूप में धूप से नेह लगावत रहिला
जे दुरदुरावे ओकरो के सजावल करिला।

हम त एगो किसान-मजदूर के बेटा हंई
केहू कतनो अंझुराइ,संझुरावल करिला।

दुश्मन भी होई तबो नेह लगावत रहिला
केहू के गिराईं नाहीं हम उठावल करिला।

माटी-डांटी में खेलल-कूदल हमहूं बानी
केहू से रीत-प्रीत खूबे लगावल करिला।

धूप के ताप-साप सहे के आदतो बाटे
धूप में दीप के बूते से बचावल करिला।

धूर, गरदा, धूप त हमार जनमे के साथी
शीत घाम संगे नेह से सुतावल करिला।

मई क धूप में धूप से नेह लगावत रहिला
प्रचंड धूपो के नेह से अपनावल करिला।

आदमी के जात हम आदमी में रहतानी
केहू केतलो उलझाई,सुलझावल करिला।

----------------------
राम बहादुर राय
भरौली,बलिया,उत्तर प्रदेश

Comments

Popular posts from this blog

आदमी से ढ़ेर कुकुरे पसन बा

भोजपुरी के मान्यता देबेके परी!!!

भोला बसेलन बड़ी दूर