नयन के देखिके नयन लोर हो गइल

नयन के देखिके नयन लोर हो गइल
-------------------------------------------
नयन के देखिके नयन लोर हो गइल
याद में उनका देखते भोर हो गइल।

सोचले ना रहीं कि एतना निष्ठुर होई
अउरी निष्ठुर,निर्मोही कठोर हो गइल।

का कहीं नयन के , धोखा खा गइल
जेके चितचोर बूझनी, चोर हो गइल।

नयन से नयन के सुख मिलते रहल
जिनिगी हमार त लोरे-लोर हो गइल।
बूझनी की जिनिगी में प्रीत मिलल
नयन जबसे मिलल,अंजोर हो गइल।

प्यार में मिलके हमसे दूर हो गइल
नयन मिलते अउर कठोर हो गइल।

रोवत-रोवत नयन याद करत रहल
नयन के देख नयन थोर हो गइल।
-------------------
राम बहादुर राय
भरौली, बलिया ,उत्तर प्रदेश

Comments

Popular posts from this blog

देहियां हमार पियराइल, निरमोहिया ना आइल

माई भोजपुरी तोहके कतना बताईं

आजु नाहीं सदियन से, भारत देस महान