जहंवा सूरज कु किरन,बजावे भिनूसार

जहंवा सूरज के किरन, बजावे भिनूसार
------------------------------------------------
जहां ठोकर, पोखर बा, उहवें बाटे छांव
लागेला बड़ ठहाका , उहे कहाला गांव।

जहंवा सूरज के किरन, बजावे भिनूसार
जहां उमिर कहे तजुर्बा,मिले खूबे सम्मान।

कोइली के मधुर तान ,काग उचरे मुड़ेर
कुकुरो करे रखवारी, नेह-छोह क बड़ेर।

मूस कुटुके नेह-छोह ,तबो कहासु गनेस
मनइ के बात छोड़ऽ , पंछी कहे सनेस।

मड़ई-टाटी बनल बा , इंच इंच के प्रेम
माई-माटी के महक, लिपटे खूब सप्रेम।

सीकम भर मिले गोरस,दही के लगे ढ़ेर
बाटी-चोखा खाई के, होखे सभे कड़ेर।

घर आगन केहू आवे ,रतियो लागे भोर
मिश्री अस बोली सुनिके ,फूटेला अंजोर।

गौरैया क चांव-चांव, प्रीत से लदल गांव
रिस्ता-नाता इहें जन्मल,गांवे में बा छांव।

अभाव होखे केतनो,संतोष भरल भाव
निठोठ बोलेला बोल , इहे गांव के छाव।
----------------------
राम बहादुर राय
भरौली ,बलिया ,उत्तर प्रदेश
@highlight

Comments

Popular posts from this blog

देहियां हमार पियराइल, निरमोहिया ना आइल

माई भोजपुरी तोहके कतना बताईं

आजु नाहीं सदियन से, भारत देस महान