दूगो पुस्तकन के विमोचन कइल गइल हवुए!!!
दूगो पुस्तकन के विमोचन कइल गइल हवुए!!!
---------------------------------------------------------
१-भोजपुरी के मान्यता देईं ए सरकार
२-अब गंवुओं में शहर आ
बिहियां प्रखंड के कट्यां गांव में सब भोजपुरिया दिग्गज लोगन के जुटान भइल रहल। सलिल गीतकार कुमार अजय सिंह के अध्यक्षता में भोजपुरी के अश्लीलता मुक्त बनावे खातिर ज़मीनी आन्दोलन चलानेवाला हमनी के आदरणीय श्री नन्द कुमार तिवारी बाबा जी, बिहियां से चलके हैदराबाद में भोजपुरी के परचम लहरावे वाला श्री राजू ओझा जी, युवा हृदय के धड़कन जिला पार्षद आदरणीय श्री गंगाधर पाण्डेय जी अउरी तमाम भोजपुरिया समाज के लोगन के साथे भोजपुरी के आठवीं अनुसूची में शामिल करावे खातिर जबर्दस्त रणनीति बनल हवुए।।
सबसे बड़ बात बा कि हमार भोजपुरी में लिखल दूगो किताब के विमोचन कइल गईल हवुए।।जवन किताब दिल्ली के सर्वभाषा प्रकाशन से प्रकाशित बा।।
१-भोजपुरी के मान्यता देईं ए सरकार
२-अब गंवुओं में शहर आ गईल।।
कुमार अजय सिंह हमार लिखल पुस्तक "भोजपुरी के मान्यता देईं सरकार!!" के बहुत प्रशंसा कईनीं , ओइसहीं आदरणीय श्री नन्द कुमार तिवारी बाबा जी, श्री राजू ओझा जी, श्री गंगाधर पाण्डेय जी विमोचन के समय बहुत प्रशंसा कईनीं हंई.....हम बहुत बहुत आभारी बानी रवुंआ सब लोगन के।।
सब लोगन के श्री राजू ओझा जी के माध्यम से अंगवस्त्रम देके सम्मानित कईल गईल हवुए।।
अन्त में श्री राजू ओझा जी केहें लिट्टी-चोखा के व्यवस्था भी रहल हवुए जवन कि बहुत स्वादिष्ट रहल ह...एकरा खातिर राजू ओझा जी के अनघा बधाई बा।।
Comments
Post a Comment