जनकवि भिखारी ठाकुर की पुण्य तिथि 10 जुलाई
भोजपुरी के भीष्म पितामह अउरी शेक्सपियर भिखारी ठाकुर (18/12/1887 से 10/07/1971):---सादर नमन बा!!!
जब तक ई सूरज चांद रही
तब तक धरती आसमान रही।
भारत देश के सम्मान भी रही
अउरी हमन के भोजपुरी भी रही।
आन, मान , शान व सम्मान रही
भोजपुरी के जब केहू बात करी।
भोजपुरी के भीष्म पितामह
"भिखारी ठाकुर" जी के नाम रही।
हमनी के दिल में त सम्मान रही
ना केहू अइसन बा आ ना त होई।
उनकरा याद में त भोजपुरिया रोईं
भोजपुरिये में हम जागीं आ सोईं।
जे भोजपुरिया उनके ना जनलस।
उहो त बहुते बड़ अभागा ही होई
केहू केतनो भी देखावा कर लेई
केतनो झूठ के मोटरिये पहिन लेव।
भिखारी ठाकुर त कईसहूं ना होई
उनके राह चले उहे भोजपुरिया होई।
---------------
रचना स्वरचित एवं मौलिक
@सर्वाधिकार सुरक्षित।।
राम बहादुर राय
भरौली, नरहीं,बलिया, उत्तरप्रदेश,
9102331513
भोजपुरी के भीष्म पितामह के सादर नमन बा🙏🙏🙏🙏
Comments
Post a Comment