जेकरे मनवा में टीस कवनो बा

जेकरा मनवा में टीस कवनो बा
--------------------------------------
जेकरा मनवा में टीस कवनो बा
बूझिहऽ उनका खीस कवनो बा।

कहे के सब केहू नीमने कहाला
काम परि जाई तबे सब बुझाला।

जेकरा दिल में कशिश कवनो बा
बूझिहऽ उनके से बीस कवनो बा।

अइसे त सब केहू अपने बुझाला
पाई जब मोका गिराई उहे खाला।

जेकरा मिलल आशीष कवनो बा
बूझिहऽ उनके ना हिस कवनो बा।

जेकरा मनवा में टीस कवनो बा
बूझिहऽ उनका खीस कवनो बा।
--------------
रचना स्वरचित,मौलिक
राम बहादुर राय
@followers
भरौली, बलिया, उत्तर प्रदेश

Comments

Popular posts from this blog

आजु नाहीं सदियन से, भारत देस महान

माई भोजपुरी तोहके कतना बताईं

मोंछ बनावे दूध से,नटखट रहे सुभाव।