भोजपुरी के मान्यता देबहीं के परी

भोजपुरी के मान्यता देबे के परी !!!
------------------------------------------
भोजपुरी भाषा के जनि ठेठावऽ हो
भोजपुरिये पर आवे के परी!
अपने में अलग-विलग न करावऽ हो
अपने पर ही आवहीं के परी!
चाहे बोलिहऽ हिन्दी चाहे अंग्रेजी हो
भोजपुरी के अपनावे के परी!
भाषा भोजपुरी हई आपन माई हो
माई के कसहू लावे के परी!
मान्यता भी कवनो सरकार देई हो
सबका संगही आवे के परी!
माई के बाड़न कई-कई ललनवा हो
माई पर धियान देबे के परी!
अपने भाई-बहिन सब केहू बाटे हो
सबके गले से लगावे के परी!
जगवा में सगरे बाड़ें भोजपुरिया हो
सबकरा के जगावहीं के परी!
चाहे कवनो बा केहू के धरमवा हो
भोजपुरी भाषा बोले के परी!
आपन-आपन सवारथ के छोड़ऽ हो
बिना सवारथ के लड़ेके परी!
तीर-तलवार,गोली के काम नइखे हो
एकता रही त गोली का करी!
जइसे कुंवर,मंगल लड़ाई लड़लन हो
भोजपुरी खातिर उहे करे के परी!
सन् सैंतालीस में आजादी मिलल हो
सत्याग्रह,आन्दोलन करे के परी!
भोजपुरी के मान्यता देईं ए सरकार
ई कितबियो हमार पढ़े के परी!
अब नाहीं सिहुर-सिहुर ,मेऊं होई हो
सोटा-लंगोटा कसे के परी!!!
केतना होई निहोरा, अब ना होई हो
अब भगत,आजाद बने के परी!!!
-------------------
@राम बहादुर राय
भरौली,बलिया,उत्तरप्रदेश

Comments

Popular posts from this blog

माई भोजपुरी तोहके कतना बताईं

आजु नाहीं सदियन से, भारत देस महान

तूं रहिहऽ सावधान , बाड़ऽ नखलिस्तान